सिराहा जिला
From Wikipedia, the free encyclopedia
सिराहा जिला नेपाल के प्रदेश संख्या २ के 8 गो जिला सभ में से एगो जिला बा, जबकि नेपाल देस में कुल अइसन 75 गो जिला बाड़ें। एह जिला के मुख्यालय (सदरमोकाम) सिराहा नगरपालिका बाटे आ जिला के क्षेत्रफल 1,228 किमी² बाटे। साल 2011 के जनगणना के हिसाब से एह जिला के कुल जनसंख्या 6,37,328 बाटे।[1] जिला के भूगोलीय लोकेशन नेपाल के दक्खिन-पूरबी इलाका में बा आ एह जिला के दक्खिनी सीमा भारतीय राज्य बिहार के साथे जुड़े ला। नेपाल के पुराना प्रशासनिक बिभाजन ब्यवस्था में ई जिला पूर्वांचल विकास क्षेत्र के सगरमाथा अंचल में पड़े।
Quick Facts सिराहा जिला, देस ...
सिराहा जिला | |
---|---|
Nickname: सिराहा जिल्ला | |
देस | नेपाल |
प्रदेश | प्रदेश संख्या २ |
क्षेत्र* | पूर्वांचल विकास क्षेत्र |
अंचल* | सगरमाथा |
सदरमुकाम | सिराहा |
Area | |
• Total | 1,188 किमी2 (459 बर्ग मील) |
Population (2011) | |
• Total | 637,328 |
• Density | 540/किमी2 (1,400/बर्ग मील) |
Time zone | UTC+5:45 (नेपाल समय) |
Website | http://ddcsiraha.gov.np |
*नेपाल के नाया प्रशासनिक ब्यवस्था में बिकास क्षेत्र आ अंचल के हटा के सीधे प्रदेश आ जिला में बाँट दिहल गइल बा। |
Close