आईएसबीएन
From Wikipedia, the free encyclopedia
आइ॰एस॰बी॰एन॰ या पूरा नाँव इंटरनेशनल स्टैंडर्ड बुक नंबर (अंग्रेजी: International Standard Book Number) एगो यूनीक [नोट 1][नोट 2] नंबर होला जवन किताब के पहिचानक होला।
छोट नाँव | आइ॰एस॰बी॰एन॰ (ISBN) |
---|---|
सुरू भइल | 1970 (1970) |
संगठन जे मैनेज करे ला | इंटरनेशनल आइ॰एस॰बी॰एन॰ एजेंसी |
अंक संख्या | 13 (पहिले 10) |
जाँच अंक | भारित जोड़ |
उदाहरण | 978-3-16-148410-0 |
वेबसाइट | www |
हर किताब के अलग-अलग संस्करण (रिप्रिंट के ना) के एक ठो अकेल आ एकलौता आइ॰एस॰बी॰एन॰ दिहल जाला। उदाहरण खातिर कौनों किताब अगर पेपरबैक, हार्डकवर आ ई-बुक के रूप में छपे तब तीनों के अलग-अलग आइ॰एस॰बी॰एन॰ होखी। ई तेरह अंक के लंबाई वाला संख्या होला अगर 1 जनवरी 2007 के बाद दिहल गइल होखे आ 10 अंक के होला अगर एह से पहिले दिहल गइल होखे। एह निसानी देवे के तरीका में अलग-अलग देस में भी कुछ अंतर मिले ला आ प्रकाशन संस्था अपना क्षेत्र में केतना नामी बाते एहू के भी धियान में रखल जाला।
आइ॰एस॰बी॰एन॰ के फ़ायदा ई बाटे कि एकरा द्वारा दुनियाँ में कहीं छपल किताब के एक ठो बिसेस पहिचान हासिल हो जाले जेकरा मदद से एकरा के खोजल आ एकर जानकारी साझा करे में सुबिधा हो जाला।
एकर सुरुआती रूप 1967 में लागू 9-अंक के स्टैंडर्ड बुक नंबर (एसबीएन) रहल। 10 अंक के लंबाई वाला कोड के सुरुआत अंतरराष्ट्रीय मानकीकरण संस्था (ISO) द्वारा बनावल गइल आ पहिली बेर ISO 2108 के रूप में छपल।
एही के नियर एक ठो पहिचानक जर्नल आ पत्रिका सभ खातिर भी बा जेकरा के आई॰एस॰एस॰एन॰ (ISSN) कहल जाला, आ संगीत से संबंधित चीज के पहिचानक आई॰एस॰एम॰एन॰ (ISMN) होला।