आम आदमी पार्टी
From Wikipedia, the free encyclopedia
आम आदमी पार्टी (आआपा भा आप) एगो भारतीय राजनीतिक पार्टी बा। एह दल के गठन औपचारिक रूप से 26 अक्टूबर 2012 के भइल। ई पार्टी वर्तमान में दिल्ली राजधानी क्षेत्र के सरकार चला रहल बा आ एह पार्टी के प्रमुख नेता अरविंद केजरीवाल दिल्ली के वर्तमान मुख्यमंत्री बाड़ें।
आम आदमी पार्टी | |
---|---|
संछेप नाँव | आप |
नेता | अरविंद केजरीवाल |
स्पोक्सपर्सन | Saurabh Bhardwaj & others [1] |
संस्थापक | अरविंद केजरीवाल अउर अन्य |
स्थापित | 26 नवंबर 2012 (11 साल पहिले) (2012-11-26) |
मुख्यालय | 206, Rouse Avenue, Deen Dayal Upadhyay Marg, ITO, New Delhi, India-110002[2] |
स्टूडेंट विंग | Chhatra Yuva Sangharsh Samiti (CYSS)[3] |
युवा विंग | Aam Aadmi Party Youth Wing[4] |
औरत विंग | AAP Mahila Shakti[5] |
मजदूर विंग | Shramik Vikas Sangathan (SVS)[6] [7] [8] [9] |
बिचारधारा | Democratic socialism Anti-corruption Populism |
राजनीतिक पोजीशन | Centre-left to Left-wing |
रंग चीन्हा | Blue |
चुनाव आयोग स्थिति | State Party |
लोकसभा सीट | 4 |
राज्यसभा सीट | 3 / 245 |
Delhi Legislative Assembly में सीट | 66 / 70 |
Punjab Assembly में सीट | 20 / 117 |
राज्य आ संघ राज्यक्षेत्र जहाँ सरकार बा | 1 / 31 |
चुनाव चीन्हा | |
वेबसाइट | |
www |
पार्टी के जनम, साल 2011 में भइल ब्यापक आंदोलन 'इंडिया अगेंस्ट करप्शन' जे जन लोकपाल बिल के मांग में होखत रहल, के अंत में भइल। एह आंदोलन में केजरीवाल के महत्वपूर्ण भूमिका रहे हालाँकि, आंदोलन के मुख्य नेता अन्ना हजारे रहलें। एकरे बाद एगो राजनीतिक पार्टी बनावे पर मतभेद भइल आ केजरीवाल राजनीतिक दल बनावे आ राजनीति में सक्रिय रूप से हिस्सा लेवे के बिचार बना लिहलें।
पार्टी साल 2013 में दिल्ली के राजनीति में उतरल आ चुनाव में दिल्ली बिधान सभा के 70 गो में से 28 गो सीट जितलस आ दुसरे अस्थान पर रहे वाली पार्टी बनल। कौनो पार्टी के बहुमत ना मिले के कारन आप आ कांग्रेस मिल के सरकार बनवलस। तेजी देखावत, दिल्ली में जन लोकपाल बिल ले आइल गइल, जब ई साफ़ भ गइल कि अउरी बाकी बड़ पार्टी सभ एह बिल के समर्थन ना करिहें, आम आदमी पार्टी इस्थीपा दे दिहलस। ई सरकार 49 दिन खाती चलल।
साल 2015 में जब दुबारा दिल्ली बिधानसभा के चुनाव भइल, आम आदमी पार्टी के भारी जीत भइल आ 70 गो में से 67 सीट जीत लिहलस, बाकी तीन सीट भाजपा के मिलल आ कांग्रेस के एकहू सीट ना मिलल।