एशिया के भूगोल
From Wikipedia, the free encyclopedia
एशिया के भूगोल, एशिया महादीप के भूगोलीय बर्णन बा एकरे भूगोलीय क्षेत्र में बिभाजन के बर्णन बाटे। ई दुनियाँ के सभसे बड़ महादीप हवे आ पृथ्वी के कुल जमीनी हिस्सा के लगभग तीस प्रतिशत हिस्सा कभर करे ला; सभसे ढेर जनसंख्या वाला महादीप भी हवे आ लगभग 60 प्रतिशत जनसंख्या यही महादीप पर निवास करे लें। एशिया में लगभग 50 से ढेर देश बा। परंपरागत रूप से एशिया के बिभाजन उत्तर एशिया (रूस वाला हिस्सा), मध्य एशिया, पुरबी एशिया, दक्खिन पूरबी एशिया, दक्खिन एशिया आ दक्खिन पच्छिम एशिया में कइल जाला।
क्षेत्रफल | 44,579,000 किमी2 (17,212,000 वर्ग मील)[1] |
---|---|
जनसंख्या | 4,164,252,000 (नंबर 1)[2] |
जनघनत्व | 87/किमी2 (225/वर्ग मील) |
निवासी-नाँव | एशियाई |
देस सभ | 48 यूएन सदस्य 6 अन्य |
एशिया महादीप यूरेशिया नाँव से सुपरमहादीप के हिस्सा हवे आ एकरे पूरबी हिस्सा पर बिस्तार लिहले बा। वास्तव में यूरोप आ एशिया के बीचा के बिभाजन परंपरागत हवे आ एह सीमा के निश्चित करे पर काफी बिबाद भी बा। हालाँकि, सभसे ब्यापक सहमती देखल जाय तब एगो काल्पनिक लाइन जे यूराल परबत, काकेशस परबत आ काला सागर से हो के गुजरे ओही के यूरोप आ एशिया के बीच के बाडर मान लिहल जाला। रूस देस के हिस्सा दुनों महादीप में बिस्तार लिहले बाटे।