कालिदास
संस्कृत के कवी आ नाटककार / From Wikipedia, the free encyclopedia
कालीदास (संस्कृत: कालिदास) प्राचीन भारतीय कवी रहलें, इनके संस्कृत भाषा के एगो महान कवि आ नाटककार मानल जाला। कालीदास कई गो नाटक आ काव्यरचना सभ के संस्कृत साहित्य में सभसे ऊँच जगह दिहल जाला, इनहन में से कुछ यूरोपीय भाषा सभ में अनुबाद होखे वाली संस्कृत के सभसे पहिला रचना हईं।
Quick Facts कालिदास, पेशा ...
कालिदास | |
---|---|
पेशा | कवी, नाटककार |
राष्ट्रियता | भारतीय |
समय | c. 5वीं सदी ईसवी |
बिधा | संस्कृत नाटक, क्लासिकल साहित्य |
बिसय | महाकाव्य, पुराण |
प्रमुख रचना | अभिज्ञानशाकुन्तलम्, रघुवंशम्, मेघदूतम्, विक्रमोर्वशीयम्, कुमारसंभवम् |
Close
कालिदास के जनम स्थान आ समय के बारे में कई मत चलन में बा, हालाँकि ज्यादातर लोग उनके चउथी-पांचवी सदी ईसवी में भइल माने ला।[1]