कोल्ड ड्रिंक
गैर-एल्कोहलिक पिये वाला चीज (ड्रिंक), अक्सर कार्बोनेटेड (बुज्जीदार) / From Wikipedia, the free encyclopedia
कोल्ड ड्रिंक (अंग्रेजी: cold drink) या ठंढा एक तरह के पेय हवे, जवन आमतौर प कार्बोनेटेड पानी, मिट्ठा आ प्राकृतिक भा आर्टिफिशियल फ्लेवर मिला के बनावल गइल होला आ ठंढा क के पियल जाला। कुछ ठंढा सभ बिना कार्बोनेटेड पानी के भी बने लें, जइसे नींबू-पानी, लेमनेड, ऑरेंज सोडा वगैरह; मीठ करे वाला पदार्थ भी हमेशा चीनिए ना होला बलुक फल से निकले वाला मीठा (फ्रक्टोज) या फल के प्राकृतिक जूस, चीनी के बिकल्प (डायट सबस्टिच्यूट) वगैरह, या इनहन के मिलजुल रूप में इस्तेमाल से बनल हो सके ला। एह पेय सभ में कैफीनो कुछ मात्रा में हो सके ला, रंग आ महक खाती आ संरक्षित रखे खाती कृत्रिम रसायन के इस्तेमाल भी हो सके ला।
अंग्रेजी में इनहन के सॉफ्ट ड्रिंक भी कहल जाला जे शराब भा अन्य एल्कोहल वाला पेय के तुलना में इनहन के हलका होखे के कारण पड़ल नाँव हवे। इनहन में कुछ मात्रा में एल्कोहल भी मौजूद हो सके ला हालाँकि, कौनों पेय के गैर-एल्कोहलिक कहल जाए खातिर ओह में 0.5% से कम एल्कोहल होखे के चाहीं।[1][2] एह पैमाना के आधार पर फल के जूस आ चाय नियर पेय भी सॉफ्ट ड्रिंक के श्रेणी में आ जालें, हालाँकि ई नाँव परंपरा में इनहन खातिर ना इस्तमाल होला।
आमतौर पर इनहन के खूबे ठंढा (चिल्ड) क के परोसल जाला, बाकि कुछ अइसन ड्रिंक सभ के आम तापमान प भी आ कुछ के त बाकायदा गरम क के भी परोसल आ पियल जाला।[3] कोल्ड ड्रिंक कई रूप में बजार में मौजूद बाड़ी सऽ जेह में कैन में, शीशा के बोतल में या गिलासनुमा बोतल में भरल रूप प्रचलित बाने। प्लास्टिक के बोतल छोटहन साइज से ले के दू-अढ़ाई लिटर तक ले के मात्रा ले के मौजूद बाड़ीं। कोल्ड ड्रिंक सभ के चलन आमतौर पर फास्ट फूड के साथ, या जश्न के माहौल में हल्का ड्रिंक के रूप में, परिवार में नाश्ता वगैरह के साथ आ सिनेमा में आ रेस्टोरेंट में बहुत बा। इनहन के पाइप (स्ट्रा) से, गिलास में ढार के, या फिर कैन या बोतल से सीधे भी पियल जाला। कुछ दसा में, इनहन के इस्तमाल एल्कोहल वाला पेय के साथ मिला के काकटेल बनावे में भी कइल जाला।