जुद्ध
From Wikipedia, the free encyclopedia
एकरा के लड़ाई या मार से अलगा बूझल जाय।
जुद्ध चाहे युद्ध (अंग्रेजी: War – वॉर) दू गो सत्ताधारी पक्ष, राज्य, सरकार चाहे समुदाय के बीच में हथियारबंद संघर्ष हवे। कई बेर ई कौनों राज्य आ मिलिटेंट ग्रुप के बीच में भी हो सके ला जबकि दुसरा पक्ष के औपचारिक रूप से सत्ताधारी ना कहल जा सके ला। जुद्ध के आम लक्षण हवे बहुत अति के हिंसा, हथियारन के भारी इस्तेमाल आ सेना के भरपूर इस्तेमाल, धनजन के ब्यापक नोकसान वगैरह।