नाटो
पच्छिमी देसन के अंतरसरकारी मलेटरी गठबंधन / From Wikipedia, the free encyclopedia
नाटो (NATO) जेकर पूरा नान नॉर्थ अटलांटिक ट्रीटी ऑर्गेनाइजेशन (North Atlantic Treaty Organization) हवे, एगो अंतरसरकारी सैनिक गठबंधन हवे। एकर अस्थापना उत्तरी अटलांटिक संधि पर दसखत के साथे 4 अप्रैल 1949 के भइल। बर्तमान में एह गठबंधन के सदस्य राज्य सभ में यूरोप के 27 गो देस, 2 गो अमेरिकी देस आ 1 ठो यूरेशियाई देस शामिल बाड़ें।
North Atlantic Treaty Organization Organisation du traité de l'Atlantique nord | |
छोट नाँव | NATO, OTAN |
---|---|
बनल | 4 अप्रैल 1949 (1949-04-04) |
प्रकार | मलेटरी गठबंधन |
मुख्यालय | ब्रसेल्स, बेल्जियम |
मेंबरhip | |
ऑफिशियल भाषा | |
खरच (2019) | € 873.9 बिलियन US$1.036 trillion[2] |
वेबसाइट | www |
भोजपुरी में एकरे नाँव के मतलब होखी, उत्तर अटलांटिक संधि संगठन; एकरा के नॉर्थ अटलांटिक एलायंस (North Atlantic Alliance), मने कि उत्तर अटलांटिक गठबंधन भी कहल जाला।
एकरे अस्थापना के बादे से एकर सदस्य देस बढ़त गइलें आ सुरुआती 12 गो देसन से बढ़ि के अब 30 देस भ गइल बाड़ें। एकर सभसे नया सदस्य बने वाला देस उत्तर मैसिडोनिया बाटे जे 27 मार्च 2020 के एह में सामिल भइल। नाटो द्वारा खुद एह समय बोस्निया आ हर्जेगोविना, जॉर्जिया आ यूक्रेन के एह में शामिल होखे के इच्छा रखे वाला देस के रूप में मानल जा रहल बाटे।[3] फरवरी 2022 में रूस के यूक्रेन पर हमला करे से पहिले रूसी राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन के माँग रहल कि यूक्रेन, जॉर्जिया आ मोल्डोवा देसन के नाटो में न सामिल कइल जाय।[4] कुल सदस्य देसन के अलावा 20 देस नाटो के शांति प्रोग्राम में शामिल बाड़ें आ 15 अउरी देस संस्थागत रूप से बार्ता के प्रोग्राम के हिस्सा बाड़ें। एकरे सगरी मेंबर स्टेट सभ के कुल एकट्ठा मलेटरी खर्चा के अनुमान 2020 में बैस्विक खर्चा के 57% रहल।[5] इहो संकल्प रहल कि हर मेंबर देस अपना जीडीपी के कम से कम 2% हिस्सा 2024 ले रक्षा-प्रतिरक्षा के मद में जरूर से खर्चा करी।[6][7]