नॉर्मन बोरलॉग
अमेरिकी कृषी बैज्ञानिक / From Wikipedia, the free encyclopedia
नॉर्मन अर्नेस्ट बोरलॉग (Norman Ernest Borlaug; 25 मार्च 1914 – 12 सितंबर 2009) एगो अमेरिकी कृषी बैज्ञानिक रहलें। इनके हरित क्रांति में योगदान खाती "हरित क्रांति के पिता" के रूप में जानल जाला आ एह खाती इनके नोबल शांति पुरस्कार भी दिहल गइल।
Quick Facts Norman Borlaug, जनम ...
Norman Borlaug | |
---|---|
जनम | Norman Ernest Borlaug (1914-03-25)मार्च 25, 1914 Cresco, Iowa, United States |
निधन | सितंबर 12, 2009(2009-09-12) (उमिर 95)[1] Dallas, Texas, United States |
नागरिकता | United States |
राष्ट्रीयता | American |
काम के क्षेत्र |
|
संस्था |
|
अल्मा मैटर | University of Minnesota (B.S., 1937) (Ph.D, 1942) |
Thesis | Variation and Variability in Fusarium Lini (1942) |
Known for |
|
Close
बोरलाग के मुख्य काम मैक्सिको में रिसर्च के दौरान गोहूँ के बौना किसिम के खोज कइल रहे जे उपज अधिका दे आ बेमारी सभ के प्रतिरोधक क्षमता वाला वेरायटी रहल। एह वेरायटी से मैक्सिको, पाकिस्तान आ भारत में 1960 के दशक में गोहूँ के उत्पादन में भारी बढ़ती भइल आ ई देस अनाज के मामिला में आत्मनिर्भर भ गइलेन।
बाद में बोरलाग अपना खोज आ रिसर्च से एशिया आ अफिरका के अउरी देस सभ में खेती के उपज बढ़ावे खाती काम कइलें।