बुध (ग्रह)
From Wikipedia, the free encyclopedia
बुध (प्रतीक: ; अंग्रेजी: Mercury) सौर मंडल के एगो ग्रह हवे जेवन सौर मंडल के केन्द्र पर मौजूद सूर्य की ओर से सबसे पहिला ग्रह हवे, मने कि ई सूर्य से सभसे नजदीकी ग्रह हवे। ई सौर मण्डल क सभसे छोट ग्रह भी हवे। ई सूर्य के चक्कर लगावे में 88 दिन (पृथ्वी के दिन) के समय लेला आ पृथ्वी से देखला पर अपनी धुरी पर 116 दिन में एक चक्कर घूमे ला। पृथ्वी से दूरबीन से देखला पर इहो चंद्रमा नियर घटत-बढ़त लउकेला।
परिकरमा कक्षा बिसेसता[1] | |
---|---|
ऍपक J2000 | |
अपसौर |
|
उपसौर |
|
सेमी-मेजर एक्सिस |
|
इस्सेंट्रीसिटी | 0.205 630[2] |
ऑर्बिटल पीरियड |
|
सिनोडिक पीरियड | 115.88 d[2] |
औसत ऑर्बिटल गति | 47.362 km/s[2] |
औसत एनामली | 174.796° |
ऑर्बिटल झुकाव |
|
उदय संपात के देशांतर | 48.331° |
उपसौर के आर्गुमेंट | 29.124° |
उपग्रह | None |
वायुमंडल[3] | |
सतही दाब | trace (<~0.005 picobar) |
आयतन अनुसार घटक |
|
बुध ग्रह के आपन कौनों खास वायुमंडल नइखे जवना कारण अहिजा दिन आ रात के तापमान में बहुत ढेर अंतर पावल जाला। एकरे विसुवत रेखा वाला इलाका में रात में तापमान 100 K (−173 °C; −280 °F) ले गिर जाला आ दिन में 700 K (427 °C; 800 °F) पहुच जाला, ध्रुवीय इलाका हमेशा 180 K (−93 °C; −136 °F) से नीचे के तापमान वाला रहे लें। बुध के धुरी के झुकाव बाकी ग्रह सभ के तुलना में सभसे कम बाटे आ एकरे परिकरमा मार्ग के चपटापन सभसे ढेर बा।
चूँकि, बुध पृथ्वी से छोट मार्ग में चक्कर लगावे ला (शुक्र भी) ई हमेशा पृथ्वी से सबेरे भा साँझ के बेरा देखाई पड़े ला, ऊहो तब जब सुरुज के बहुत नजदीक कोन पर न रहे तब। सुरुज के रौशनी के कारण अक्सर ई धरती से बिना दूरबीन के ना लउके ला।
अबले दू गो अंतरिक्ष यान बुध ग्रह के यात्रा कर चुकल बाने मैरिनर आ मैसेंजर।
1,516 मील (2,440 किमी) के त्रिज्या वाला बुध पृथ्वी के चौड़ाई के[4] 1/3 से कुछ अधिका बा।औसतन 36 मिलियन मील (58 मिलियन किमी) के दूरी पर बुध सूर्य से 0.4 खगोलीय इकाई के दूरी पर बा। खगोलीय इकाई (संक्षेप में AU), पृथ्वी के सुरुज से दूरी के कहल जाला। एही दूरी से सूर्य के रोशनी बुध तक पहुंचे में तीन मिनट दू सेकंड के समय लागेला।