भारतीय उपमहादीप
एशिया महादीप के क्षेत्र / From Wikipedia, the free encyclopedia
भारतीय उपमहाद्वीप या उपमहाद्वीप[2] (अंग्रेजी: Indian subcontinent) एशिया के दक्खिनी हिस्सा में स्थित बा। एह क्षेत्र के ज्यादातर हिस्सा भूबिज्ञान के हिसाब से भारतीय प्लेट पर स्थित आ एकरे दक्खिन तरफ हिंद महासागर बाटे।
Area | 44 लाख किमी2 (17 लाख बर्गमील) |
---|---|
Population | ~1.71 बिलियन (2015)[1] |
Pop. density | 389/km2 |
Demonym | उपमहादीपी |
Countries | भारत पाकिस्तान नेपाल भूटान बांग्लादेश श्रीलंका मालदीव |
भारतीय उपमहाद्वीप के परिभाषा भिन्न-भिन्न प्रकार से दिहल जायेला लेकिन इ में कुछ मुख्य देशकुल बाड़े जवन हमेशा शामिल कइल जायेलें भारत, पाकिस्तान आ बांग्लादेश। कुछ परिभाषा में श्रीलंका, नेपाल आ भूटानो के शामिल कइल जायेला। कुछ परिभाषा में कुछ अउर भी देश के नाम जोड़ल जायेला जइसे कि अफगानिस्तान आ म्यानमार। अलग-अलग परिभाषा के साथ अलग-अलग नाम भी हो सकत बा।
भारतीय उपमहादीप के कांसेप्ट पुरान हवे आ बतावल जाला कि मेगस्थनीज जेकरा के इंडिया कहलें, भा बाद में जेकरा के हिंदुस्तान कहल जाय ओह में ई पूरा इलाका सामिल रहल आ एकरा के एगो सांस्कृतिक क्षेत्र के रूप में पहिचान रहल; वर्तमान भारत गणराज्य, पाकिस्तान, श्रीलंका, भूटान, नेपाल नियर देस सभ आधुनिक काल के संकल्पना हवे आ मूल सांस्कृतिक इकाई के रूप में पहिचान एकरे बहुत पहिले के हवे।[3]