भारतीय राष्ट्रीय प्रतिज्ञा
From Wikipedia, the free encyclopedia
भारतीय राष्ट्रीय प्रतिज्ञा भारत गणराज्य के बदे निष्ठा के शपथ बा। सामान्य रूप से एकर पाठ भारतीय प्रजा सार्वजनिक आयोजनन में, मुख्य रूप से विद्यालयन में, आ स्वतंत्रता दिवस आ गणतंत्र दिवस के उत्सव के बेरा एकसुरताल में पाठोच्चार करेले। सामान्य रूप से ई विद्यालयन के पाठ्यपुस्तक आ पञ्चाङ्गन के सुरुआती पन्नन में छापल भेटाला। एकर पाठ बहुते भारतीय विद्यालयन के भिनिसार सभा में होला। यद्यपी, ई प्रतिज्ञा भारतीय संविधान के भाग नईखे।
ई प्रतिज्ञा मूररूप से तेलुगु भाषा में पैडीमारी वेंकटा सुब्बा राव द्वारा 1962 में रचल गइल रहे। एकर पहिला बेर 1963 में विशाखापट्टनम् के एगो विद्यालय में पाठोच्चारल गइल आ एकरा बाद एकर अनुवाद बिबिध भारतीय भाषा में भइल।