भारत में सड़क
भारत में सड़क ब्यवस्था आ हाइवे / From Wikipedia, the free encyclopedia
भारतीय रोड नेटवर्क के कुल लंबाई 5,472,144 किलोमीटर (3,400,233 मील) से ढेर रहल (31 मार्च 2015 तक), आ एह तरीका से भारत दुनिया में सड़क के लंबाई के मामिला में अमेरिका के बाद दुसरे नंबर पर बा। प्रति बर्ग किलोमीटर जमीन के हिसाब से 1.66 किमी सड़क के औसत वाला भारत, सड़क घनत्व के मामिला में जापान (0.91) आ अमेरिका (0.67) से बेहतर स्थिति में बा आ चीन (0.46), ब्राजील (0.18) या रूस (0.08) नियर देस सभ से कहीं बेहतर स्थिति में बाटे।[1] हालाँकि, सडक के क्वालिटी के मामिला में इहाँ आधुनिक हाइवे से ले के पातर आ कच्ची सड़क तक बिबिध गुणवत्ता वाली सड़क बाड़ी स आ सुधार के काम जारी बा।[2] 31 मार्च 2015 के आँकड़ा के मोताबिक, भारत में 61.05% सड़क पक्की सड़क रहली स।[3]