मरी (हिल स्टेशन)
पाकिस्तान के पंजाब प्रांत में एगो कस्बा आ हिल स्टेशन / From Wikipedia, the free encyclopedia
मरी (अंग्रेजी: Murree) पाकिस्तान के पंजाब प्रांत में मरी जिला में एगो कस्बा आ हिल स्टेशन बा। भूगोलिक हिसाब से ई हिमालय के पीर पंजाल श्रेणी के गलयात इलाका में पड़े ला। ई इस्लामाबाद-रावलपिंडी मेट्रो एरिया के एगो किनारे पर पड़े ला आ इस्लामाबाद के बस 30 किमी के दूरी पर उत्तर-पूरुब में बाटे।
मरी | |
---|---|
Nicknames: द डिपो (ब्रिटिश भारत में), सफ़ेद शहर | |
Coordinates: 33°54′15″N 73°23′25″E | |
देस | पाकिस्तान |
प्रांत | पंजाब, पाकिस्तान |
जिला | रावलपिंडी |
तहसील | मरी |
Elevation | 2,291.2 m (7,517.1 ft) |
Population (2017)[1] | |
• Total | 25,816 |
Time zone | UTC+5 (PKT) |
Union Councils | 8 |
एकर औसत ऊँचाई समुंद्र तल से 2,291 मीटर (7,516 फीट) बाटे जहाँ ब्रिटिश लोग पंजाब के मैदानी इलाका के भीषण गरमी से बचाव खातिर एह हिल स्टेशन के अस्थापना कइल।[2] 1851 में ब्रिटिश सेना खातिर ई एगो सैनिटोरियम के रूप में बनावल गइल आ परमामेंट टाउन के अस्थापना 1853 में भइल आ कुछे समय बाद एहिजे एगो चर्च अस्थापित कइल गइल। 1876 तक ले ई ब्रिटिश राज के पंजाब प्रांत के गरमी के सीजन के राजधानी रहल, एकरा बाद ई दर्जा शिमला के मिल गइल।
पाकिस्तान के आजादी के बाद से अब्बो पाकिस्तान के एगो मेन हिल स्टेशन आ पर्यटक आकर्षण हवे। साथे-साथ ई आजाद काश्मीर में मौजूद हिल स्टेशन एबटाबाद खातिर एगो ट्रांजिट प्वाइंट के भी काम करे ला।
2022 के जनवरी में एहिजे भारी बर्फबारी से कई लोगन के जान चल गइल।[3]