रूस-यूक्रेन युद्ध
रूस आ यूक्रेन के बीचा में जुद्ध / From Wikipedia, the free encyclopedia
रूस-यूक्रेन युद्ध चाहे रूसी-युक्रेनियाई जुद्ध (अंग्रेजी: Russo-Ukrainian War) बर्तमान समय में चल रहल एगो जुद्ध बा जे लमहर समय ले जारी संकट आ संघर्ष, जे फरवरी 2014 में शुरू भइल रहे, के बाद अब जुद्ध के रूप ले लिहले बा। एह में एक ओर रूस आ रूस-समर्थक सेनाबल बाड़ें आ दुसरे ओर यूक्रेन बा। जुद्ध के इलाका वर्तमान समय में क्रीमिया आ डोनबास इलाका (दोनेत्स्क ओब्लास्त आ लोहान्स्क ओब्लास्त) बाड़ें जिनहन के अंतर्राष्ट्रीय समुदाय यूक्रेन देस के हिस्सा माने ला। एह इलाकन में तनाव के इस्थिति 2021-2022 में बढ़ल जब अइसन बुझाए सुरू भइल कि रूस यूक्रेन पर हमला करे चाहत बा। फरवरी 2022 में संकट गहिरा गइल जब रूस युक्रेन के अलगाववादी लोगन के कंट्रोल वाला एरिया में आपन सेना भेजे लागल। 24 फरवरी के रूस द्वारा यूक्रेन पर पूरा तरीका से जुद्ध के घोषणा क दिहल गइल।[8]
ई लेख एक ठो बहुत हाल के घटना के बर्णन करत बाटे। घटना के प्रगति के अनुसार जानकारी में तेजी से बदलाव संभव बाटे, आ सुरुआती समाचार रपट बहुत बिस्वास जोग नाहिंयो हो सके लीं। हो सके ला कि एह लेख के अंतिम अपडेट सभसे नया जानकारी ना बतावत होखे। |
Quick Facts रूसी-यूक्रेनियाई जुद्ध, Date ...
रूसी-यूक्रेनियाई जुद्ध | |||||||
---|---|---|---|---|---|---|---|
Part of सोवियत-बाद के संघर्ष | |||||||
फरवरी 2022 के स्थिति, जइसन कि 24 फरवरी हमला के पहिले रहल यूक्रेन के कंट्रोल में रूस आ रूस-समर्थक सेना के कंट्रोल में | |||||||
|
Close