लाल किला
दिल्ली में एगो किला / From Wikipedia, the free encyclopedia
लाल किला (अंग्रेजी: Red fort) भारत के राजधानी दिल्ली में एगो इतिहासी किला बाटे। ई किला मुगल शासक लोग के मुख्य निवासस्थान रहल, लमसम 200 बरिस ले जब ले कि 1857 मे अंतिम मुगल बादशाह बहादुरशाह ज़फ़र के अंगरेज लोग देस निकाला ना दे दिहल। ई दिल्ली के बीचोबीच बा आ इहाँ कई ठे म्यूजियम बनावल गइल बाने। Mu
लाल क़िला لال قلعہ | |
---|---|
लोकेशन | दिल्ली, भारत |
निर्माण | 1648 |
आर्किटेक्ट | उस्ताद अहमद लाहौरी |
आर्किटेक्चर इस्टाइल | भारतीय आर्किटेक्चर |
ऑफिशियल नाँव: लाल किला परिसर | |
प्रकार | सांस्कृतिक |
पैमाना | ii, iii, vi |
शामिल | 2007 (31 वाँ सेशन) |
संदर्भ नं. | 231 |
स्टेट पार्टी | भारत |
क्षेत्र | एशिया-प्रशांत |
गल शासन काल मे ई खाली मुगल बादशाह लोग के रहले के जगह भर ना रहल बलुक राजकाज से अउरी मुगल राजा लोग के पारिवारिक कारपरोज से जुड़ल आयोजन आ राजनीतिक घटना सभ के केन्दरो रहल, नगीचे के इलाका प एह जगह के बहुत परभाव भी रहल।[1]
पाँचवाँ मुग़ल बादशाह शाह जहाँ द्वारा ई किला 1639 में बनवावल गइल जब किलेबंदी (देवाल आ गेट) के भीतर ऊ आपन राजधानी शाहजहानाबाद बसवलें।[2] लाल रंग के बलुआ पाथर से बनल होखे के कारन एकर नाँव लाल किला रखाइल। ई किला 1546 में इस्लाम शाह सूरी के बनवावल सलीमगढ़ किला के ठीक बगल में बाटे। शाही आवास के भवन सभ एक कतार में बनल बाने आ ई एगो नहर के किनारे बनावल गइल बाने। एह नहर के नहर-ए-बहिश्त यानी "स्वर्ग के नहर" नाँव दिहल गइल रहे। किला के बनावट आ आर्किटेक्चर के परभाव एकरे बाद बने वाला कई गो किला आ भवन सभ पर पड़ल।[1]
1747 में जब नादिरशाह के हमला भइल, किला के नक्काशी आ सजावट में लागल कीमती पाथर सभ के ब्यापक लूटपाट भइल। 1857 के बिद्रोह के बाद किला के अंदर संगमरमर के बनल ज्यादातर चीज सभ ब्रिटिश राज में बरबाद हो गइल।[3] ब्रिटिश लोग एह किला के बाहरी मजबूत देवाल सभ भर बचावे के कोसिस कइल आ बाद में एह किला के तोपखाना (गैरिसन) के रूप में इस्तेमाल भइल।[3] एही किला में ब्रिटिश लोग अंतिम मुगल बादशाह बहादुरशाह 'ज़फ़र' के ऊपर मोकदमो चलावल आ जेकरे बाद उनके देशनिकाला दे के 1858 में रंगून भेज दिहल गइल।[4]
आज्काल्ह के समय में, हर साल भारत के आजादी के राष्ट्रीय परब स्वतंत्रता दिवस (15 अगस्त) पर भारत के परधानमंत्री किला के मुख्य दरवाजा पर तिरंगा फहरावे लें आ किला के प्राचीर से राष्ट्र के संबोधित करे लें।[5]
2007 में लाल किला परिसर के यूनेस्को द्वारा बिस्व धरोहर स्थल के रूप में मान्यता दिहल गइल।[1][6]