सैंटा क्लॉज
बड़ा दिन प गिफ्ट बाँटे वाला मिथकीय ब्यक्ति / From Wikipedia, the free encyclopedia
सैंटा क्लॉज (अंग्रेजी: Santa Claus) जिनके फादर क्रिसमस आ सैंट निकोलस, चाहे खाली भर सैंटा के नाँव से जानल जाला, एगो कथा-कहानी में बर्णित ब्यक्ति हवें जे पच्छिमी ईसाई संस्कृति में बड़ा दिन (क्रिसमस) के तिहुआर पर गिफ्ट बाँटे वाला के रूप में बतावल जालें। एह कथा सभ के बिबरन के मोताबिक सैंटा उत्तरी ध्रुव (नॉर्थ पोल) पर रहे लें आ क्रिसमस के परी लोग खेलौना बनावे लीं जे ई क्रिसमस के ठीक एक दिन पहिले वाली रात में बाँटे लें। इनके सवारी रेंडियर सभ द्वारा खींचल जाए वाली स्लेज हवे जे आसमान में उड़े ले।
Quick Facts सैंटा क्लॉज, दूसर नाँव ...
सैंटा क्लॉज | |
---|---|
दूसर नाँव | Saint Nicholas Saint Nick Kris Kringle |
परसिद्धि के कारन | Delivering gifts to children at Christmas |
जीवनसाथी | Mrs. Claus |
Close
सैंटा के उज्जर दाढ़ी बाल वाला बूढ़ ब्यक्ति के रूप में देखावल जाला जे लाल रंग के कपड़ा पहिरे लें जेह में सफ़ेद फ़र लागल होखे ला। क्रिसमस मनावे में, कुछ जगहन प केहू ब्यक्ति एही बेसभूसा में सैंटा के रूप ध के लइकन के गिफ्ट बाँटे ला।
ई संस्कृति-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |