छठ
हिंदू तिहुआर / From Wikipedia, the free encyclopedia
छठ पूजा भा छठ परब भोजपुरी, मिथिला, मगध आ मधेस इलाका के प्रमुख परब हवे। ई सुरुज के पूजा के तिहुआर ह आ मुख्य रूप से हिंदू औरत लोग मनावे ला। मुख्य तिथी कातिक महीना के अँजोर के छठईं तिथी हवे, एकरे दू दिन पहिले से ले के अगिला दिन ले ई तिहुआर मनावल जाला। कातिक के छठ मुख्य हवे जेकरा के डाला छठ भी कहल जाला। एकरे अलावे, चइत के महीना में भी छठ मनावल जाले जेकरा के चइती छठ कहल जाला।
छठ पूजा | |
---|---|
अन्य नाँव | छठी छठ पर्व डाला छठ |
मनावे वाला | हिन्दू आ जैन |
महत्त्व | सुरुज के पूजा, लमहर उमिर, संतान आ सुख संपत्ति के खाती |
Observances | नहान, बरत (भुक्खल), पूजा, अरघा दिहल आ परसाद चढ़ावल। |
सुरू | कातिक के छठ से दू दिन पहिले |
अंत | छठ के अगिला दिने |
समय | कातिक सुदी छठ |
केतना बेर | चैती छठ के लेके साल में दू बेर |
नाहन, बरत आ अरघा दिहल एह पूजा के मुख्य कार्यक्रम होला। जघह के हिसाब से, पानी के कवनों अस्थान, नद्दी-पोखरा के घाट पर मुख्य पूजा आ अरघा संपन्न होला। बिसेस परसाद के रूप में कई किसिम के फल आ खास तरीका से बनावल पकवान ठेकुआ होला जेकरा के माटी के चूल्हा पर पकावल जाला। नया सूप आ डाली में बिबिध किसिम के फल रख के घाट पर ले जाइल जाला। ओहिजा, ई सब सामग्री माटी के बेदी पर सजावल जाले, दिया अगरबत्ती बारल जाला आ कर्हियाइ भर पानी में ऊखि गाड़ल जाला जेह पर साड़ी चढ़ावल जाले। मेहरारू लोग पानी में खड़ा हो के डूबत सुरुज के पहिला अर्घा आ अगिला दिने फिर दोबारा ओही जे जा के उगत सुरुज के अरघा देला लो।
भारत के बिहार, झारखंड, पूर्वांचल आ नेपाल के मधेस इलाका में, आ जहाँ-जहाँ एह क्षेत्र के लोग पहुँचल बा, धूमधाम से मनावल जाला। बिहार, झारखंड आ पूरबी उतर प्रदेश अउरी नेपाल के मधेस एह परब के मुख्य इलाका हवे। एह क्षेत्र में ई तिहुआर बहुत धूमधाम से मनावल जाला आ नदी किनारे घाट सभ पर एकरे खाती बिसेस तइयारी होले। एह मुख्य इलाका के अलावा, बंगाल, आसाम, दिल्ली, मुंबई, बंगलौर आ बाकी पूरा भारत में जहाँ-जहाँ एक क्षेत्र के लोग निवास करत बा, परंपरागत रूप से ई परब मनावे ला। भारत आ नेपाल के अलावा अउरी कई देसन में एह तिहुआर के मनावल जाला।