पहाड़
आसपास के जमीन से ऊँच आ तेज ढाल वाला थलरूप / From Wikipedia, the free encyclopedia
पहाड़ चाहे परबत, (अंग्रेजी: Mountain, हिंदी: पर्वत) जमीन के रुप चाहे थलरूप ह जौन बड़ आकार के होला आ अपने आस-पास के इलाका से बहुत ऊँच होला साथे साथ एकर साइड बहुत तेज ढाल वाला होला आ बहुधा एकर सभसे ऊँच जगह नोकदार चोटी के रूप में होखे ला। पहाड़ी के तुलना में एकर ऊँचाई आ ढाल दुनों ढेर होखे ला।
पहाड़ सभ के निर्माण पृथ्वी के अंदरूनी हलचल, टैक्टॉनिक हलचल के कारन या ज्वालामुखी क्रिया के कारन होला। ई ताकत सभ लोकल रूप से जमीन के ऊँच क के पहाड़ के निर्माण क देलीं। पहाड़ सभ के ऊंचाई में कमी बहुत धीरे-धीरे चट्टान के टूटन आ पानी हवा आ ग्लेशियर द्वारा खरोहल जाए के कारन होला। कुछ पहाड़ अकेल ऊँच आकृति आ चोटी वाला होखे लें जबकि ज्यादातर परबत सभ बिसाल परबत श्रेणी के रूप में होखे लें।
ऊँचाई के कारण परबत के ऊपरी हिस्सा में तापमान कम होखत जाला, काहें कि ऊपर जाए पर हवा के घनापन कम होखत जाला। एही कारण परबत सभ पर ऊपरी हिस्सा में अलगा किसिम के इकोसिस्टम आ पर्यावरण बन जाला। जादे ऊँचाई वाला परबत सभ पर चोटी बरफ से तोपाइल भी हो सके ला।
हिमालय विश्व में सबसे बड़ पहाड़ हवे आ एका सबसे ऊँच चोटी माउंट एवरेस्ट समुंद्र तल से 8,850 मी (29,035 फीट) के ऊँचाई पर बा जे बिस्व के सबसे ऊँच परबत चोटी हवे। विश्व क सबसे लमहर पहाड़ एंडीज हवे जेवन दक्षिण अमेरिका में बाटे। जहाँ तक हमनी के सौर मंडल के कौनों भी ग्रह पर अबतक ले मालुम सभसे ऊँच परबत के बात बा, हमनी के सौर मंडल के सदस्य मंगल ग्रह पर ओलिंपस मॉन्स नाँव के परबत सभसे ऊँच परबत 21,171 मी (69,459 फीट) ऊँचाई वाला बाटे।