यूरोप
उत्तरी गोलार्ध में एगो महादीप / From Wikipedia, the free encyclopedia
यूरोप या योरप (अंग्रेजी:Europe) परंपरागत रूप से सात गो मानल जाए वाला महाद्वीप कुल में से एगो महाद्वीप हवे। ई यूरेशिया भूभाग की पच्छिमी ओर स्थित बा आ एशिया आ एकरी बीच पारंपरिक सीमा यूराल पर्वत के मानल जाला। यूरेशिया भूभाग की प्रायद्वीप की रूप में होखला की कारण एके प्रायद्वीपीय महाद्वीप भी कहल जाला। एकरी उत्तर में आर्कटिक महासागर, पच्छिम ओर अटलांटिक महासागर आ दक्खिन ओर भूमध्यसागर बाटे।
यूरोप क्षेत्रफल की हिसाब से बाकी महाद्वीपन में खाली आस्ट्रेलिया महाद्वीप से बड़ हवे। एकर क्षेत्रफल करीब 10,180,000 वर्ग किमी (3,930,000 वर्ग मील) बा जेवन पूरा पृथ्वी की सतह का 2% आ पृथ्वी कि जमीन वाला हिस्सा क 6.8% हवे। यूरप में करीब 50 गो देस बाड़ें जेवना में रूस सबसे बड़ बा। यूरोप की अउरी मुख्य देशन में यूनाइटेड किंगडम, फ़्रांस, जर्मनी, इटली वगैरह बाटें। रूस क विस्तार यूरोप आ एशिया दुन्नों महाद्वीप में बाटे लेकिन सांस्कृतिक रूप से एके यूरोप क हिस्सा मानल जाला।
पश्चिमी संस्कृति का पैदाइश यूरोपे में भइल जेवन यूनान आ रोम कि प्राचीन सभ्यता, यूरोप में पुनर्जागरण आ औद्योगिक क्रांति क परिणाम हउवे। एही क्रम में यूरोप के कई गो देश दूसरी अफ्रीकी आ एशियाई देशन पर उपनिवेश स्थापित कइलें आ ए तरे यूरोप क संस्कृति पुरा दुनिया में फइल गइल।
यूरोप का ज्यादातर देश विकसित देस कि श्रेणी में आवेलें। यूरोपियन यूनियन इहँवा कई देसन क आर्थिक संघ हवे। यूरोपियन युनियन की सदस्य देसन क मुद्रा यूरो हवे।