भाषा
From Wikipedia, the free encyclopedia
भाषा बातचीत क माध्यम हवे जेकरी सहायता से आदमी एक दुसरा से आपन बात कह पावेला आ आपन विचार आ भावना जाहिर क पावेला।[1] भाषा के दूसरी कई गो माध्यम में बदलल ज सकेला जइसे लिखावट में, चित्र में, ब्रेल लिपि में या साउंड रिकार्डिंग क के।
भाषा की बारे में जवना शास्त्र में पढ़ल जाला ओके भाषा विज्ञान कहल जाला।
भाषा क संबंध साहित्य आ दर्शन से बा। एक भाषा से दुसरे भाषा में बदलाव के अनुवाद भा भाषांतर कहल जाला।