शहर
𑂄𑂥𑂰𑂠𑂲 𑂍𑂵 𑂣𑂩𑂍𑂰𑂩, 𑂐𑂢 𑂥𑂮𑂪 𑂔𑂏𑂯 / From Wikipedia, the free encyclopedia
शहर भा नगर बड़हन आकार के मानव आबादी वाला जगह होला।[1][2][3] शहरन में कई प्रकार के सुविधा उपलब्ध रहेला, आवागामन-यातायात के साधन के साथ साथ बजार, सिनेमा हॉल, अस्पताल, कॉलेज, बैंक आदी सब कुछ के सुविधा उपलब्ध रहेला। इहे कारण बा कि गाँव के अपेक्षा शहर में बेसी लोग रहेला। बेसी लोगन के रहे खातिर ऊँच-ऊँच भवन, घुमे फिरे खातिर पार्क नियर चीज सभ रहेला।
इतिहासी रूप से, दुनियाँ के बहुत कम्मे आबादी शहर में निवास करत रहल बा, हालाँकि, पछिला दू सदी में शाहीकरण अतना तेजी से भइल बा कि अब बिस्व के लगभग आधा से बेसी जनसंख्या शहरन में निवास करत बा। एह घटना के बिबिध परभाव सभ में बैस्विक सस्टेनबिलिटी पर दबाव भी एगो प्रमुख चिंता के बिसय बाटे।[4] आज्काल्ह के शहर सभ में आमतौर पर में शहर भा कोर एरिया, मेट्रो एरिया आ आसपास के कम्यूटर जोन होला। आसपास के लोग रोजगार से ले के बिबिध मकसद से शहरन के ओर खिंचाव महसूस क्र रहल बा आ शहर में बस रहल बा। बैस्वीकरण के एह जुग में आ कम्युनिकेशन के साधन देख के इहो देखल जा रहल बा कि शहर सभ आपस में बहुत ऊँच डिग्री तक कनेक्टिविटी वाला हो चुकल बाड़ें।
पटना, दिल्ली, मुंबई, कोलकाता, चेन्नई, बंगलौर आ हैदराबाद निअन कुछ शहर भारत देश के प्रमुख शहर सभ में गिनल जालें।