बाल्टिक सागर
From Wikipedia, the free encyclopedia
बाल्टिक सागर यूरोप के उत्तरी हिस्सा में एगो सागर बा जे अटलांटिक महासागर के यूरोप में घुसल एगो हिस्सा हवे।[1] ई लगभग चारो ओर से जमीन से घेराइल बा आ डेनमार्क आ स्कैंडीनेविया के बीच से होके अटलांटिक सागर से जुड़े ला। एकरा उत्तर में स्कैंडीनेविया प्रायदीप, उत्तर पूरुब में बोथनिया के खाड़ी, पूरुब में फिनलैंड आ फिनलैंड के खाड़ी, पूरुब आ दक्खिन-पूरुब में बाल्टिक देस (इस्टोनिया, लैटविया, लिथुआनिया, पोलैंड), दक्खिन में पोलैंड आ जर्मनी, आ पच्छिम में डेनमार्क बाड़ें।
बाल्टिक सागर के क्षेत्रीय सागर या बंद सागर या अधबंद सागर मानल जाला।[2] ई आ ब्रैकिश वाटर[नोट 1] वाला सागर हऽ।[1]
एकरे पूरबी किनारा के देस सभ के एही के नाँव पर बाल्टिक देस आ एह इलाका के बाल्टिक यूरोप भी कहल जाला। आर्टिफिशियल तरीका से नहर बना के ई सफेद सागर के साथे भी जोड़ल गइल बा। जर्मनी के प्रसिद्ध कील नहर एकरा के नार्थ सागर से जोड़े ले।